Nojoto: Largest Storytelling Platform

भइया शहरे से आवा,भौजी के भी संगे लावा आके गऊवां मे

भइया शहरे से आवा,भौजी के भी संगे लावा
आके गऊवां में छठी माँ के पूजन करावा
नाहीं बाटे त, माई से सनतान माँगि ला
छट्ठी मईया से मनचाहा वरदान माँगि ला.../

मम्मी ठेकुआ बनावा,अउरी चिउड़ा भुजावा
फल-फूल खीर ध के, चला कोसिया भरावा
छठी माई बानी ममता के खान माँगि ला
छट्ठी मईया से मनचाहा वरदान माँगि ला.../

ए भइया बहँगी उठावा, दउरा मुड़े पे चढ़ावा
नंगे पइयाँ लेके चला एके घाटे पहुँचावा
माई अस्ताचल के कईके धियान माँगि ला
छट्ठी मइया से मनचाहा वरदान माँगि ला.../

मम्मी अरघ चढ़ावा, सूरुज बाबा के मनावा
घरे आके सभे राती भर झूमा- नाचा -गावा
छट्ठी मईया के गावा गुणगान माँगि ला
छट्ठी मइया से मनचाहा वरदान माँगि ला.../

भोरे दियना जरावा, अउरी अरघ चढ़ावा
परसादी खाके चला सबके पारन करावा
माई करें घर भर के कल्यान माँगि ला
छट्ठी मइया से मनचाहा वरदान माँगि ला.../

माई बाड़ू तू दयालू, माई बाड़ू तू कृपालू
पीयूष मिश्रा बनिके आइल बाटें तोहर श्रद्धालू
प्रशान्त करा जनि मउका ज़ियान माँगि ला..

--डॉ. प्रशान्त मिश्रा "पीयूष" छठ पूजा भोजपुरी गीत
भइया शहरे से आवा,भौजी के भी संगे लावा
आके गऊवां में छठी माँ के पूजन करावा
नाहीं बाटे त, माई से सनतान माँगि ला
छट्ठी मईया से मनचाहा वरदान माँगि ला.../

मम्मी ठेकुआ बनावा,अउरी चिउड़ा भुजावा
फल-फूल खीर ध के, चला कोसिया भरावा
छठी माई बानी ममता के खान माँगि ला
छट्ठी मईया से मनचाहा वरदान माँगि ला.../

ए भइया बहँगी उठावा, दउरा मुड़े पे चढ़ावा
नंगे पइयाँ लेके चला एके घाटे पहुँचावा
माई अस्ताचल के कईके धियान माँगि ला
छट्ठी मइया से मनचाहा वरदान माँगि ला.../

मम्मी अरघ चढ़ावा, सूरुज बाबा के मनावा
घरे आके सभे राती भर झूमा- नाचा -गावा
छट्ठी मईया के गावा गुणगान माँगि ला
छट्ठी मइया से मनचाहा वरदान माँगि ला.../

भोरे दियना जरावा, अउरी अरघ चढ़ावा
परसादी खाके चला सबके पारन करावा
माई करें घर भर के कल्यान माँगि ला
छट्ठी मइया से मनचाहा वरदान माँगि ला.../

माई बाड़ू तू दयालू, माई बाड़ू तू कृपालू
पीयूष मिश्रा बनिके आइल बाटें तोहर श्रद्धालू
प्रशान्त करा जनि मउका ज़ियान माँगि ला..

--डॉ. प्रशान्त मिश्रा "पीयूष" छठ पूजा भोजपुरी गीत

छठ पूजा भोजपुरी गीत