Nojoto: Largest Storytelling Platform

सरहो सिंगार आ, बतिसो अभरनवा कइके सिंगार छोरलु, पिय

सरहो सिंगार आ, बतिसो अभरनवा
कइके सिंगार छोरलु, पियवा के संगवा=2
पॉच गंज चुनरि ओढी, यारवा के संगवा
ए रामा चलि रे दिहली=4
मुखणा
हो नइहर आ सासुरा छोरी,दिहलु तु घारवा
आईल यारवा चली,दिहलू तु संगवा=2
बोललू ना बोलसु तोहसे, सारा इ लोगवा
ए रामा चलि रे दिहली
त पॉच गंज चुनरी ओढी पियवा के संगवा
ए रामा चलि रे दिहली=4
आनतरा

हो एकही रे डोलीयॉ बाटे,चारीगो काहारवा
बाजता बाजानवा चललि यमुना के तारवा=2
आइल बाटे सारा लोगवा मुह से ना बोलली
ए रामा चलि रे दिहली
त पॉच गंज चुनरी ओढी पियवा के संगवा
ए रामा चलि रे दिहली=4

गुरू आ गोविन के,बात नाहि टरी
लिखले ई गीतियॉ बबुआ,कृष्णा बिहारी=2
 त ईहे हऊऐ रीति,रिवाज परमपरवा
ए रामा चलिरे दिहली
त पॉच गंज चुनरी ओढी ,पियवा के संगवा
ए रामा चलि रे दिहली=4
सरहो सिंगार आ, बतिसो अभरनवा
कइके सिंगार छोरलु, पियवा के संगवा=2
पॉच गंज चुनरि ओढी, यारवा के संगवा
ए रामा चलि रे दिहली=4
मुखणा
हो नइहर आ सासुरा छोरी,दिहलु तु घारवा
आईल यारवा चली,दिहलू तु संगवा=2
बोललू ना बोलसु तोहसे, सारा इ लोगवा
ए रामा चलि रे दिहली
त पॉच गंज चुनरी ओढी पियवा के संगवा
ए रामा चलि रे दिहली=4
आनतरा

हो एकही रे डोलीयॉ बाटे,चारीगो काहारवा
बाजता बाजानवा चललि यमुना के तारवा=2
आइल बाटे सारा लोगवा मुह से ना बोलली
ए रामा चलि रे दिहली
त पॉच गंज चुनरी ओढी पियवा के संगवा
ए रामा चलि रे दिहली=4

गुरू आ गोविन के,बात नाहि टरी
लिखले ई गीतियॉ बबुआ,कृष्णा बिहारी=2
 त ईहे हऊऐ रीति,रिवाज परमपरवा
ए रामा चलिरे दिहली
त पॉच गंज चुनरी ओढी ,पियवा के संगवा
ए रामा चलि रे दिहली=4