Nojoto: Largest Storytelling Platform

**मोबाइल पब-जी गेम** बबुआ हो गईले सयान , करत नईखन

**मोबाइल पब-जी गेम**

बबुआ हो गईले सयान ,
करत नईखन तनिको काम,
फोनवे प दिन-भर पब-जी गेम खेलेला। , 
आपन जिनींगी के गाड़ी उ डी-रेल करेला ।।
धईलस अईसन ई बेमारी, 
खाईल-पीयल निक ना लागी,
आगा -पीछा कुछ ना लउके, 
बाबूजी बोले चाहें महतारी, 
माई- बाबू के बोलिया उनका कांट लागेला। 
फोनवे प दिन-भर पब-जी गेम खेलेला , 
आपन जिनींगी के गाड़ी उ डी-रेल करेला।। 
आईल कईसन ई जमाना,
मोबाइल के भईल बा दिवाना, 
केहू खेले पबजी,
केहू टिकटाक प गावे गाना, 
लागता जईसे सगरो भेड़ियाधासान होखेला।
फोनवे प दिन-भर पब-जी गेम खेलेला , 
आपन जिनींगी के गाड़ी उ डी-रेल करेला।।
**नवीन कुमार पाठक ** #पबजी गेम#
**मोबाइल पब-जी गेम**

बबुआ हो गईले सयान ,
करत नईखन तनिको काम,
फोनवे प दिन-भर पब-जी गेम खेलेला। , 
आपन जिनींगी के गाड़ी उ डी-रेल करेला ।।
धईलस अईसन ई बेमारी, 
खाईल-पीयल निक ना लागी,
आगा -पीछा कुछ ना लउके, 
बाबूजी बोले चाहें महतारी, 
माई- बाबू के बोलिया उनका कांट लागेला। 
फोनवे प दिन-भर पब-जी गेम खेलेला , 
आपन जिनींगी के गाड़ी उ डी-रेल करेला।। 
आईल कईसन ई जमाना,
मोबाइल के भईल बा दिवाना, 
केहू खेले पबजी,
केहू टिकटाक प गावे गाना, 
लागता जईसे सगरो भेड़ियाधासान होखेला।
फोनवे प दिन-भर पब-जी गेम खेलेला , 
आपन जिनींगी के गाड़ी उ डी-रेल करेला।।
**नवीन कुमार पाठक ** #पबजी गेम#