Nojoto: Largest Storytelling Platform

हे छठी मैया, होई सहै





























 हे छठी मैया,

होई सहैया।

भगत् बोलावे मैया जल बिच ठडैया।।



नहाए - खाए से आह्वान कइनी।

खरना के प्रसाद बनवनी।

छठ के तिथिआ सुहावन आइल।

सूप दउरी ठेकुआ फल से सजाइल।

सूप दउरी संग घाटे वरती आइल।

सांझ के बेरिया अरघा दिआइल।

छठी मैया के दरसन ,आसिस पाइल।।



भोर भइल,लाली छाइल ,

देख सुरूज देव मन हरसाइल।

कांपत जल बिच अरघा दिआइल।

छठी मैया के आसिस पाइल।।



हे माइ ! हम छठीबरती कहाइ।

जीवन भर आपके दरसन पाइ।

हाथ जोड़ छठी मैया के गोहराइ।।

।।छठी मैया की जय।।

नीरज एम।

©Neeraj Misra 
  हे छठी मैया#नीरज एम

हे छठी मैयानीरज एम #समाज

126 Views