Nojoto: Largest Storytelling Platform

गरमी के दिनवा """""""""""""""""""" आइल गरमी के दि

गरमी के दिनवा
""""""""""""""""""""

आइल गरमी के दिनवा,
आइल गरमी के दिनवा।
टप-टप चूएला पसीनवा,
आइल गरमी के दिनवा।

पूरुवा बयार बहे, जरेला बदनवा,
इचको सुहावे नाहिं दिनवा बा रैनवा।
रहिया में बढ़े ना कदमवा,
आइल गरमी के दिनवा।

आम चुए, जामुन चुए, चुएला कोइनवा,
गम-गम गमकेला सगरो बगनवा।
सुखी-सुखी जाला गरदनवा,
आइल गरमी के दिनवा।

खेत-खरिहान सब कोरे सोहात बा,
रहंट ट्यूबवेल असहिं उंघात बा।
बइठल रहेला किसनवा,
आइल गरमी के दिनवा।

कजरा लगाई गोरी, निकलली बहरवा,
भरि-भरि निरेखेले लोगवा नयनवा।
सांसत में फंसल बा परनवा,
आइल गरमी के दिनवा।

हरदी पोताई गइले, मेंहदी रचाई गइले,
माड़ो गड़ाई गइले, माटी कोड़ाई गइले।
दुल्हिन चलली संग सजनवा,
आइल गरमी के दिनवा।

©Tarakeshwar Dubey गरमी के दिनवा

#vacation
गरमी के दिनवा
""""""""""""""""""""

आइल गरमी के दिनवा,
आइल गरमी के दिनवा।
टप-टप चूएला पसीनवा,
आइल गरमी के दिनवा।

पूरुवा बयार बहे, जरेला बदनवा,
इचको सुहावे नाहिं दिनवा बा रैनवा।
रहिया में बढ़े ना कदमवा,
आइल गरमी के दिनवा।

आम चुए, जामुन चुए, चुएला कोइनवा,
गम-गम गमकेला सगरो बगनवा।
सुखी-सुखी जाला गरदनवा,
आइल गरमी के दिनवा।

खेत-खरिहान सब कोरे सोहात बा,
रहंट ट्यूबवेल असहिं उंघात बा।
बइठल रहेला किसनवा,
आइल गरमी के दिनवा।

कजरा लगाई गोरी, निकलली बहरवा,
भरि-भरि निरेखेले लोगवा नयनवा।
सांसत में फंसल बा परनवा,
आइल गरमी के दिनवा।

हरदी पोताई गइले, मेंहदी रचाई गइले,
माड़ो गड़ाई गइले, माटी कोड़ाई गइले।
दुल्हिन चलली संग सजनवा,
आइल गरमी के दिनवा।

©Tarakeshwar Dubey गरमी के दिनवा

#vacation

गरमी के दिनवा #vacation