Nojoto: Largest Storytelling Platform

मौत से सबही हारल बा, केहू न पउलस जीत // जे आवेला,

मौत से सबही हारल बा, केहू न पउलस जीत //
जे आवेला, उ जाएला....ई बा दुनिया के रीत//

जवन लीखल बा किस्मत में होइबे करी
जे आयल बा धरती पे ...जइबे करी...//

कुरुवंशिन के सम्राज्य मिटिये गइल
अउरी रावणों के खनदान मिटिये गइल
जे जइसन करी करम फल पइबै करी

जिन जिनगी गँवावा बुराई में
समय आपन लगावा भलाई में
मौत आवे के बा एकदिन अइबे करी

केतनों पईसा कमाला, केतनों संपति बनाला
केतनों देहियाँ के गहना गुरिया से सजाला
ई कुल माटी में एक दिन मिल जइबै करी
जे आयल बा धरती पे जइबै करी

--प्रशान्त मिश्रा भोजपुरी गीत
मौत से सबही हारल बा, केहू न पउलस जीत //
जे आवेला, उ जाएला....ई बा दुनिया के रीत//

जवन लीखल बा किस्मत में होइबे करी
जे आयल बा धरती पे ...जइबे करी...//

कुरुवंशिन के सम्राज्य मिटिये गइल
अउरी रावणों के खनदान मिटिये गइल
जे जइसन करी करम फल पइबै करी

जिन जिनगी गँवावा बुराई में
समय आपन लगावा भलाई में
मौत आवे के बा एकदिन अइबे करी

केतनों पईसा कमाला, केतनों संपति बनाला
केतनों देहियाँ के गहना गुरिया से सजाला
ई कुल माटी में एक दिन मिल जइबै करी
जे आयल बा धरती पे जइबै करी

--प्रशान्त मिश्रा भोजपुरी गीत

भोजपुरी गीत