कोरोना के कारन भइल जिनिगिया बेहाल हो। का जाने कइसन बनके आइल बा ई काल हो। कवनो दवाई नइखे नइखे कवनो उपइया। ईश्वर भी त होत नइखें काहें अबकी सहइया। केतना ही महतरियन के चल गइने लाल हो। का जाने कइसन बनके आइल बा ई काल हो। वैक्सीन बनल त जागल आस सबकी मन में। खतम ई बेमारी होई जाई एके छन में। देखते ही देखते इहो बीते लागल साल हो। का जाने कइसन बनके आइल बा ई काल हो। हाथ धोवत बाटे सभे मास्क भी लगावता। तबो ई मुअना काहें लगे चलि आवता। केतना ले करो केहू ई आपन देखभाल हो। का जाने कइसन बनके आइल बा ई काल हो। जबले ई दवाई एकर बनके ना आ जाई। तबले ना केहू सुन ल करो जन ढिलाई। कहें ' विश्वासी ' बाहर बाटे बुरा हाल हो। का जाने कइसन बनके आइल बा ई काल हो। #भोजपुरी_गीत #कोरोना #विश्वासी