Nojoto: Largest Storytelling Platform

परब त्यौहार त सगरे मनेला धुम धाम से, हमरा गांवे त्

परब त्यौहार त सगरे मनेला धुम धाम से,
हमरा गांवे त्यौहार मे बडी मजा आवेला।
आवा पहिले सुना होलीया के सब बतवा,
होलीया मे त बहरो वाला छुट्टी लेके आवेला।।

होली के एक दिन पहिले सबके अबटन लागी,
खाई पीही सब समत जरे के इंतजार करेला।
तबे देवेन्द्र बाबा के संगे सब होलरी-होलरी बोली,
अवजवा सुनते सब गोईठा,अबटन लेके भागेला।।

समत जहां जरी, ओहिजा गंवुआ भर आई,
जेकर जतना दम होलरी-होलरी चिलायेला।
ओजवा सबके रिगावे वाला नामवा पुछाई,
सभे एक दोसरा के मन भरी के रिगावेला।।

होली के दिने सबके घरे पकवान बनल शुरू,
भोर-भोरे सब आपन खाये-पीये के जोगाड खोजेला।
भर मुहें रंग के पोताई संगे सबके कुर्ता फराई,
गांव भर गली-गली हल्ला करी सब घुमेला।।

दुपहरिया मे नहाई कपडा पहिन अबीर अब चढ़ल,
तले गांव के मन्दिर मे गवनई के ताल ठोकाला।
धीरे-धीरे गवनई मे सब आई,घरे-घरे गवाई ,
हमरा गांवे होली के गवनई मे बडी मजा आवेला।।

-(सुशान्त श्रेष पाण्डेय) #गांवे के होली