Nojoto: Largest Storytelling Platform

White गाँव के ओ गली, जवन छूट गइल, मन के कोना में,

White गाँव के ओ गली, जवन छूट गइल,
मन के कोना में, कहीं लुट गइल।

पिआसल पनिहार, कुवा बोलावत,
सपना के डेरा, कहीं टूट गइल।

खलिहान के गाना, अब ना सुनाला,
ओ बिसरे सुरवा, कहे छूट गइल।

माटी के खुशबू, जियरा जुड़ावे,
समय के संग-संग, कहीं रूठ गइल।

अमराई के छांव, जियरा सहलावे,
मगर उ बहार, अब तो रूठ गइल।

चउपाल के बात, जे मन हरसावे,
शहर के होड़ में, पीछे कहीं छूट गइल।

बचपन के किस्सा, पकेला सहेजे,
अधूरा सनेह, कहीं टूट गइल।
राजीव

©samandar Speaks #good_night  Samima Khatun  Radhey Ray  Satyaprem Upadhyay  Internet Jockey  Mukesh Poonia
White गाँव के ओ गली, जवन छूट गइल,
मन के कोना में, कहीं लुट गइल।

पिआसल पनिहार, कुवा बोलावत,
सपना के डेरा, कहीं टूट गइल।

खलिहान के गाना, अब ना सुनाला,
ओ बिसरे सुरवा, कहे छूट गइल।

माटी के खुशबू, जियरा जुड़ावे,
समय के संग-संग, कहीं रूठ गइल।

अमराई के छांव, जियरा सहलावे,
मगर उ बहार, अब तो रूठ गइल।

चउपाल के बात, जे मन हरसावे,
शहर के होड़ में, पीछे कहीं छूट गइल।

बचपन के किस्सा, पकेला सहेजे,
अधूरा सनेह, कहीं टूट गइल।
राजीव

©samandar Speaks #good_night  Samima Khatun  Radhey Ray  Satyaprem Upadhyay  Internet Jockey  Mukesh Poonia