Nojoto: Largest Storytelling Platform

... कौनो भी रिश्ता से उनका कमी के भरपाई न होई के

...

कौनो भी रिश्ता से 
उनका कमी के भरपाई न होई
केहू केतनो करी दुलार 
बाकिर माई न होई
लाख मुसीबत सही के "भी 
जे अपना कोख में पालल.
अपने ठोकर खा कर के 
जे हरदम हम के सम्भालल 
वोकरा से बढ़ के दुनिया में 
  केहू दाही ना होई
केहू केतनो करी दुलार 
 बाकिर माई न होई.
माई के ममता के आगे 
फीका ह" हर पिरितिया.
जे भूखे ली औलाद खातिर जिनगी भर खर-जिवितिया.
वोकरा अंचरा से बढ़ के 
 कौनो परछाई न होई.
केहू केतनो करी दुलार 
 बाकिर माई न होई.
हर धाम से बढ़ के ह 
माई के चरण-धाम.
कर ब पूजा माई के 
न" होख "ब कबो नाकाम
दुःख देब-अ अगर माई के 
त" तहार भलाई न होई.
केहू केतनो करी दुलार
 बाकिर माई न होई. 
            सुक्रीयाँ
       आप सभि को 
___,,,,,___/\___,,,,,___
#skg

©SK  Singhania
  #motherlove ...

कौनो भी रिश्ता से 
उनका कमी के भरपाई न होई
केहू केतनो करी दुलार 
बाकिर माई न होई
लाख मुसीबत सही के "भी 
जे अपना कोख में पालल.
ssihnghaniya8601

SK Singhania

New Creator

#motherlove ... कौनो भी रिश्ता से उनका कमी के भरपाई न होई केहू केतनो करी दुलार बाकिर माई न होई लाख मुसीबत सही के "भी जे अपना कोख में पालल. #शायरी #SKG

571 Views