Find the Latest Status about पनवाड़ी का भजन from top creators only on Nojoto App. Also find trending photos & videos about, पनवाड़ी का भजन.
नागेंद्र किशोर सिंह ( मोतिहारी, बिहार।)
🌹रउरा संवार बानी शिव जी, गौरी गोर बाड़ी, रउरा से बेजोड़ बाड़ी ना। उ त चांद के अंजोरिया जैसन गोर बाड़ी, रउरा से बेजोड़ बड़ी ना। राजा हिमाचल के बाड़ी उ दुलारी, मैना माई के प्राण से प्यारी। सब गुण से भरल गौरी मोर बाड़ी, रउरा से बेजोड़ बाड़ी ना। बाली उमर बाड़े कोमल बदनवा , कइसे परबत पर रखिहें चरणवा। कोमल सुकुमार गौरी मोर बड़ी, रउरा से बेजोड़ बाड़ी ना। नारद मुनि जी के बात सच भईलें, पार्वती के वर शिव जी ही भईलें। अपना चांद के गौरी।चकोर बाड़ी, रउरा से बेजोड़ बाड़ी ना।🌹🙏 जय भोजपुरी, जय बिहार। नागेंद्र सिंह ©नागेंद्र किशोर सिंह ( मोतिहारी, बिहार।) # शिव जी का भजन