Nojoto: Largest Storytelling Platform

Best भोजपुरी_गीत Shayari, Status, Quotes, Stories

Find the Best भोजपुरी_गीत Shayari, Status, Quotes from top creators only on Nojoto App. Also find trending photos & videos about

  • 5 Followers
  • 5 Stories

संवेदिता "सायबा"

vinay vishwasi

कोरोना के कारन भइल जिनिगिया बेहाल हो।
का जाने कइसन बनके आइल बा ई काल हो।

कवनो  दवाई  नइखे   नइखे  कवनो  उपइया।
ईश्वर भी त  होत नइखें  काहें अबकी सहइया।
केतना ही  महतरियन के  चल गइने लाल हो।
का जाने कइसन बनके आइल बा ई काल हो।

वैक्सीन बनल त जागल  आस सबकी मन में।
खतम  ई बेमारी   होई   जाई   एके   छन   में।
देखते  ही  देखते  इहो  बीते  लागल साल हो।
का जाने कइसन बनके आइल बा ई काल हो।

हाथ  धोवत  बाटे  सभे  मास्क  भी लगावता।
तबो  ई   मुअना  काहें   लगे   चलि   आवता।
केतना ले  करो केहू   ई आपन  देखभाल  हो।
का जाने कइसन बनके आइल बा ई काल हो।

जबले  ई  दवाई  एकर   बनके  ना  आ  जाई।
तबले  ना  केहू  सुन  ल   करो  जन   ढिलाई।
कहें  ' विश्वासी '  बाहर   बाटे  बुरा  हाल  हो।
का जाने कइसन बनके आइल बा ई काल हो। #भोजपुरी_गीत #कोरोना #विश्वासी

Shatrughan Dubey

#भोजपुरी_गीत फुसवा के मड़ईया में पुसवा के रातीअGautam Kumar nayan Kumar Jain Satya Shubh Sharma SURAJ PAL SINGH #समाज

read more


About Nojoto   |   Team Nojoto   |   Contact Us
Creator Monetization   |   Creator Academy   |  Get Famous & Awards   |   Leaderboard
Terms & Conditions  |  Privacy Policy   |  Purchase & Payment Policy   |  Guidelines   |  DMCA Policy   |  Directory   |  Bug Bounty Program
© NJT Network Private Limited

Follow us on social media:

For Best Experience, Download Nojoto

Home
Explore
Events
Notification
Profile