Nojoto: Largest Storytelling Platform

Best Isupoortformers Shayari, Status, Quotes, Stories

Find the Best Isupoortformers Shayari, Status, Quotes from top creators only on Nojoto App. Also find trending photos & videos about

  • 1 Followers
  • 1 Stories

Ankur tiwari

भूख सताई दिन रात लेकिन जब भोजन सहज ही ना मिल पाई
दिनभर गदहा जइसन खटला पर भी लोगन के अराम ना मिल पाई
जब खुबे पईसा रहला पर भी लोग भोजन खातिर तरस के रह जाई
तब जाके एह लोगन के किसान के कीमत समझ में आई
जब दाल गेंहू आ धान ना मिली सबकर चूल्हा ठंडा हो जाई
धन दौलत सबकुछ होखल पर भी अन्न के एको दाना ना मिल पाई
भूखे पेट जब सुते के पड़ी पर बिन खइले रतिया ना कट पायी
तब जाके एह लोगन के किसान के कीमत समझ मे आयी
जेकरा से सबके अन्न मिलेला आज ओकर ही मजाक बनत बा
कर्ज चढ़ल बा माथा पर किसान भईल ओकर अभिशाप बनल बा
जब ना अनाज बिकिहे मंडी में खुद के परिवार भर खातिर ही खेत बोआई
तब जाके एह लोगन के किसान के कीमत समझ मे आयी
राजनीति त बहुत भइल पर पर हमनी के घर छवा ना पाईल
जे जे बनत रहे हमनी के नेता जितला के बाद नजर ना आइल
गर जान जाई त जा लेकिन हमनी के इज्जत अब जियान ना जाई
तब जाके एह लोगन के किसान के कीमत समझ मे आयी

अंकुर तिवारी
देवरिया, उत्तर प्रदेश

©Ankur tiwari #former 

#Isupoortformers
#SunSet

Follow us on social media:

For Best Experience, Download Nojoto

Home
Explore
Events
Notification
Profile