Nojoto: Largest Storytelling Platform

Best भोजपुरी_की_पाठशाला Shayari, Status, Quotes, Stories

Find the Best भोजपुरी_की_पाठशाला Shayari, Status, Quotes from top creators only on Nojoto App. Also find trending photos & videos about

  • 2 Followers
  • 9 Stories
    PopularLatestVideo

अनजान मुसाफ़िर

mute video

Anil Prasad Sinha 'Madhukar'

🙏🌷सेनूर🌷🙏 पड़ते सेनूर मंगवा, धिया हो गईली पराई, माई बाबू सबै रोअत बाड़े, देखि के बिदाई, पड़ते सेनूर मंगवा, धिया हो गईली पराई। सबे कुछ त उहे बाटे, सब आपन बुझाला, सेनूर पड़ते बिटिया के, भाग बदल जाला। #yqbaba #yqdidi #काव्य_मेला #bestquotes5863 #भोजपुरी_की_पाठशाला #सेनूर_मधुकर

read more
🙏🌷सेनूर🌷🙏

पड़ते  सेनूर  मंगवा, धिया  हो  गईली पराई,
माई बाबू  सबै रोअत बाड़े, देखि के  बिदाई,
पड़ते  सेनूर  मंगवा, धिया हो  गईली  पराई।

सबे कुछ त  उहे बाटे, सब  आपन  बुझाला,
सेनूर पड़ते  बिटिया के, भाग  बदल जाला।
भईया भौजी सुसुके, ईया रोवेली चिचियाई,
पड़ते  सेनूर  मंगवा, धिया हो  गईली पराई।

सेनूर शक्ति अइसन गैरन से प्रीत बढ़ जाला,
आपन संग  डोर तोड़, गैरन संग जुड़ जाला।
सेनूर बाटे  सोहाग भाग, सेनूर बाटे  सच्चाई,
पड़ते  सेनूर  मंगवा, धिया  हो गईली  पराई।

पड़ते  सेनूर  मंगवा, धिया  हो गईली  पराई,
माई बाबू  सबै रोअत बाड़े, देखि के  बिदाई,
पड़ते  सेनूर  मंगवा, धिया हो  गईली  पराई। 🙏🌷सेनूर🌷🙏

पड़ते  सेनूर  मंगवा, धिया  हो  गईली पराई,
माई बाबू  सबै रोअत बाड़े, देखि के  बिदाई,
पड़ते  सेनूर  मंगवा, धिया हो  गईली  पराई।

सबे कुछ त  उहे बाटे, सब  आपन  बुझाला,
सेनूर पड़ते  बिटिया के, भाग  बदल जाला।

Anil Prasad Sinha 'Madhukar'

             🙏🌷भोर🌷🙏

भोर होते फूटे किरिनीयाँ, चिचुहिया पुकारे,
चलअ चलीं जा हमनी के, मईया के दुआरे।

जयकारा लागे लागल, मईया के  रूप देखे,
केहू कहे जय माता दी, केहू रूपवा निरेखे।
रात अन्हेरिया दिन दुपहरिया नमवां पुकारे,
चलअ चलीं जा हमनी के, मईया के दुआरे।

चाहे ज्ञानी पंडित होईहें, चाहे रहे उ बाकल,
माई पूरा कर दीहें सबके मनवां के भाखल।
गावेलें भजिनीयाँ 'मधुकर' आरतिया उतारे,
चलअ चलीं जा हमनी के, मईया के दुआरे।

भोर होते फूटे किरिनीयाँ, चिचुहिया पुकारे,
चलअ चलीं जा हमनी के, मईया के दुआरे। #भोजपुरी_की_पाठशाला #काव्य_मेला 
अनिल प्रसाद सिन्हा 
#bestquotes5863 
#भोर_मधुकर
#yqbaba #yqdidi

Anil Prasad Sinha 'Madhukar'

🙏🌹गदबेर🌹🙏

हो गईल गदबेर के बेरिया, घरवा ना अइले कन्हईया,
ना अइले  कन्हईया घरवा, काहे  ना अइले कन्हईया,
हो गईल गदबेर के बेरिया, घरवा ना अइले कन्हईया।

जब बाजे गईयन के घंटी, जइसे मोहन के घंटी लागे,
कबहू अँखिया लोर ढरै मईया, कबहू बेतहाशा भागे।
दुअरा पे  बाट निहारत  ठाड़ बाड़ी, जसुमति  मईया,
हो गईल गदबेर के बेरिया, घरवा ना अइले कन्हईया।

समूचे  गाँवें के  ग्वाल  बाल  सब, घरे  चली  अइलें,
रूस गईलें  हमरो गोपाल जी, जानें काहवाँ भूलईले।
घरवा भीतर  रोवेले  बछड़ू, त दूआरे  रोवेली  गईया,
हो गईल गदबेर के बेरिया, घरवा ना अइले कन्हईया।

ना अइले  कन्हईया घरवा, काहे  ना अइले कन्हईया,
हो गईल गदबेर के बेरिया, घरवा ना अइले कन्हईया। #भोजपुरी_की_पाठशाला 
#काव्य_मेला
#गदबेर
अनिल प्रसाद सिन्हा
#bestquotes5863
#yqbaba #yqdidi

Anil Prasad Sinha 'Madhukar'

🌷चउकस🌷

जब  जानीं  नइहर  त,  सगरो  भोर  हो  जाला,
आइल  बाड़ी  सेवतिया, गाँवें   शोर  हो  जाला।
ना करीले  काम कुछुहू, तबो ना रिसियाला केहू,
जौन  काम  करीले, बहुते  चउकस   हो  जाला।

माई बाबु के  लाडली हंई, भईया के  हईं दुलारी,
गाँव  सबन  देखे  खातिर,  भीड़   लगावे  भारी।
अन्हेरियो  रात  चउकस लागे, अँजोर  हो जाला,
आइल  बाड़ी  सेवतिया,  गाँवें  शोर   हो  जाला।

नंइहरवा में हम  जेने मन करे, घूमे  खातिर जाईं,
देख के आपन रंग रूप, हम मन ही मन अगराईं।
चउकस  रूपवा  देखि के, मनवां  चोर हो जाला,
आइल  बाड़ी  सेवतिया, गाँवें   शोर   हो  जाला। #काव्य_मेला 
#भोजपुरी_की_पाठशाला 
अनिल प्रसाद सिन्हा 
#चउकस
#bestquotes5863 
#yqdidi #yqbaba

Anil Prasad Sinha 'Madhukar'

🌷नइहर🌷
बाबुल के  सोन  चिरैया, परदेशी  लूटल  जाय,
पड़ते  सेनुरवा  बेटी के, नइहरवा  छूटल जाय।

छूट गईली  सखी सहेली, सबके  मनवा तरसे,
छूट गईली माई बाबु, भईया के नयनवां बरसे।
केहू ना करे सामना, सबके हिम्मत टूटल जाय,
पड़ते  सेनुरवा  बेटी के, नइहरवा  छूटल जाय।

पूक्का फाड़ के रोवे, बहरी डेहरी पे ईया बाबा,
कपसत रह गईली बेटी, देखी के बरहम बाबा।
माई  के  मंदीरिया  देखी,  लोरवा  ढरल  जाय,
पड़ते  सेनुरवा  बेटी के, नइहरवा  छूटल जाय।

नेहिया  बेटी के अइसन, जग  में  ना  समाला,
जा ली बेटी नइहर से, सब सूनसान हो जाला।
जेकरा कोखि  धिया नाहीं, करम  फूटल जाय,
पड़ते  सेनुरवा  बेटी के, नइहरवा  छूटल जाय।

बाबुल के  सोन  चिरैया, परदेशी  लूटल  जाय,
पड़ते  सेनुरवा  बेटी के, नइहरवा  छूटल जाय। #काव्य_मेला 
#भोजपुरी_की_पाठशाला 
अनिल प्रसाद सिन्हा 
#नइहर_मधुकर
#bestquotes5863 
#yqdidi #yqbaba

Anil Prasad Sinha 'Madhukar'

🌷अँजोरिया🌷

जनमते घरवा  बेटी के, नवका  भोर  हो गईल,
जइसे चाँद के  अँजोरिया, सगरे ओर हो गईल।

घर  भर  सब  भरल रहे, फिर भी  रहे  उदासी,
मिले  कभी ना  तजका रोटी, खात  रहीं बासी।
देखी रुनकी  झुनकी, मनवां चितचोर हो गईल,
जइसे चाँद के  अँजोरिया, सगरे ओर हो गईल।

रात  दिन  गोहराईं  माई के, लक्ष्मी  घरे अईती,
हमहुँ कहाईं  बाप बेटी के, भाग्यवान  कहईती।
सुन लीहली देवी मईया, घरवा अँजोर हो गईल,
जइसे चाँद के  अँजोरिया, सगरे ओर हो गईल।

जनमते घरवा  बेटी के, नवका  भोर  हो गईल,
जइसे चाँद के  अँजोरिया, सगरे ओर हो गईल।
  #काव्य_मेला 
#भोजपुरी_की_पाठशाला 
अनिल प्रसाद सिन्हा 
#अँजोरिया
#bestquotes5863

Anil Prasad Sinha 'Madhukar'

                     🙏🌷 खटिया 🌷🙏

बहुते ही  उपयोगी हईं, जे के  हम  खटिया  कहत बानीं,
कबहु बिछे  ई घर के  आंगन में, त कबहु  बिछे दलानी।

चार गो पावा  चार गो पाटी, रसरी  से ई  बिनल  जाला,
जब  मन करे  बिछा के  सुतीं जा, ईहे खटिया  कहाला।

एतना  हलुक  बाटे  ई  खटिया, केहू  उठाके  बिछावेलें,
केहू  बीमार  पड़े  त खटिये  पर, हसपीटल  पहुँचावेलें।

जब  सुतीं  येह  खटिया  पे त, स्पंज के  मजा  आवेला,
करबट फेरत  समय ई  खटिया, चूरमूर  चूरमूर बाजेला।

येह पर  बिछाईं  कौनो लेवा, या सुत  जाईं  चाहे अखरे,
खेंच के गोड़थानी टाईट कर दीहीं,जब भी रसरी बिखरे।

आपन  घर  में  रऊरा  लोगिन,  जौन  मन  करे  बिछाईं,
खटिया एगो जरुर राखीं , ना त नामों निशान मिट जाईं। #काव्य_मेला 
#भोजपुरी_की_पाठशाला 
#खटिया
अनिल प्रसाद सिन्हा 
#bestquotes5863

Anil Prasad Sinha 'Madhukar'

🌷 कनियां🌷

भईल  गजोधर के  लगनियां, थोरके  दिनवां से,
आइल  नईकी  दुलहिनियां, थोरके  दिनवां  से।

गजोधर दुलहा के हो गईल, कनियां संगे सगाई,
कनियां सुंदर  दुलहा बंदर, दूनों में  होखे लराई।

दुलहा  रोवे  ला  चुलहिनियां, थोरके  दिनवां से,
भईल  गजोधर के  लगनियां, थोरके  दिनवां से।

गोड़ पटके हंथवा मलके, धुनें  कपार  उ आपन,
केकर  बात  में  आईके, हम  कईनीं  बिग्यापन।

मिलल अईसन  मेहरारु, जे करेलीं  रोज कुटाई,
कनियां सुंदर  दुलहा बंदर, दूनों में  होखे लराई।

दुलहा के लागे  उ नागिनीयां, थोरके  दिनवां से,
भईल  गजोधर के  लगनियां, थोरके  दिनवां से। #काव्य_मेला 
#भोजपुरी_की_पाठशाला 
#bestquotes5863 
अनिल प्रसाद सिन्हा 
#yqdidi #yqbaba


About Nojoto   |   Team Nojoto   |   Contact Us
Creator Monetization   |   Creator Academy   |  Get Famous & Awards   |   Leaderboard
Terms & Conditions  |  Privacy Policy   |  Purchase & Payment Policy   |  Guidelines   |  DMCA Policy   |  Directory   |  Bug Bounty Program
© NJT Network Private Limited

Follow us on social media:

For Best Experience, Download Nojoto

Home
Explore
Events
Notification
Profile